ब्यूरो@जे0 के0…..

Sonbhadra। छठ महापर्व में शामिल सभी भाई-बहनों को इस पावन पर्व की हार्दिक बधाई एवं मंगलकामनाएं।
हम छठी मइया और भगवान सूर्यदेव से प्रार्थना करत बानी कि रउआ सभे पर उनकर कृपा आशीर्वाद बनल रहे। रउआ सभे के मनोकामना पूरा होखे और परिवार में सुख, शांति, समृद्धि और खुशहाली बनल रहे।

छठ महापर्व प्रकृति, जल और भगवान सूर्य के प्रति कृतज्ञता व्यक्त करे के पर्व ह। ई पर्व हमनी के श्रद्धा, पवित्रता, अनुशासन और समर्पण के सीख देला। एह पर्व के सबसे खास विशेषता बा कि हमनी उगते सूरज के साथे डूबते सूरज के भी अर्घ्य देतानी।
एह महापर्व के सबसे बड़ी शक्ति हमनी के मातृशक्ति हईं। माई-बहिन लोग लगातार तीन दिन तक निर्जला व्रत रखके अपना परिवार, संतान और पूरा समाज के सुख-समृद्धि खातिर कठिन तपस्या करेली।

छठ महापर्व हमनी के संस्कृति, परंपरा, आस्था और सामाजिक समरसता के अद्भुत उदाहरण ह।
एक बार फिर छठ महापर्व पर रउआ सभे के बहुत-बहुत बधाई। छठी मइया सबके जीवन में सुख, शांति, आरोग्य और खुशहाली प्रदान करस।